Homeक्षेत्रीय भाषाजबरदस्त बा पायल देव के गाना, 'बारिश बन जाना' के भोजपुरी वर्जन,...

जबरदस्त बा पायल देव के गाना, ‘बारिश बन जाना’ के भोजपुरी वर्जन, गाना के वीडियो अवते भइल फेमस

समर सिंह

भोजपुरी के पावर स्टार कहाये वाला हीरो पवन सिंह अपने नया गाना से भोजपुरी फ़िल्म जगत में तहलका मचा देने। लॉलीपॉप से लेकर, छलाकता हमरो जवनिया, तक के उनकर गाना विदेश तक में पसंद कइल जाला। पवन सिंह अपने दमदार अदाकारी और आवाज के दम पे लाखन लोग के धड़कन पर राज करेलें। अब एक बार फिर से उ हिंदी गाना ‘बारिश बन जाना’ के भोजपुरी में गाके दुनिया भर में नाम कमा रहल बाने और ये गाना के वीडियो भी रिलीज़ कइल जा चुकल बा।

रिलीज होखले के बाद पवन सिंह के गाना इंटरनेट पे छा रहल बा

पवन सिंह के आवाज़ रिलीज़ भइल गाना ‘बारिश बन जाना’ के भोजपुरी वीडियो इंटरनेट पे छा रहल बा। फैंस के येह गाना के बेसब्री से इंतजार रहे। येह गाना के भोजपुरी में भी गांवल कमाल के बा। एहमे पवन सिंह के साथ गायिका पायल देव भी दे रहल बाड़ी और कही कही गाना इनरो आवाज़ में भी गावत देखल गइल बा। और दूसरका ओर इ गाना हिना खान और शाहिर शेख पर फिल्मावल गइल बा। येह गाना के आज के दिन 11बजे रिलीज़ कइल गइल रहे और रिलीज़ भइले के कुछे देर में इंटरनेट के जरिये दुनिया में छा गइल। येह गाना के ढाई लाख से ज्यादा लोग देख (व्यूज) चुकल बाने। वीडियो के विवाईआरएल आंरिजानल्स के यूट्यूब चैनल (youtube channel) पर जारी कइल गइल बा।

अब अगर ‘बारिश बन जाना ‘के आँरिजनल वीडियो के बात कइल जा त इ सुपरहिट गाना एही साल 3 जून के विवाईआरएल ओरिजनल्स पे ही रिलीज़ कइल गइल रहे। एह रोमांटिक गाना के पायल देव और स्टेबिन गवले रहलन और लिरिक्स कुणाल वर्मा लिखले रहलन।

आप सब के बता दी कि इ गाना के म्यूजिक भी पायल देव ही देहले रहली, जवन कि कमाल के रहे। एह वीडियो में भी हिना खान और शाहिर शेख ही नजर आइल रहले, तब दुनो जन के बीच कमाल के मेलजोल (केमेस्ट्री) देखे के मिलल रहे। एह गाना के पसंद कइल गइल रहे कि इ गाना हिट हो गइल एकरा हीट भइला के बाद 23 करोड़ से भी ज्यादा लोग देखले रहलन।

 

RELATED ARTICLES

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -
Google search engine

Most Popular

Recent Comments